Bhojpuri SMS In Hindi

Bhojpuri SMS In Hindi

484
0
SHARE
bhojpuri sms in hindi

जुर्माना

सुनल हऽ कोर्ट एगो आदमी के बलात्कार के दोषी पाके ओकरा पर ११ हजार ४२० बीस रुपिया जुर्माना ठोक दिहलसि.
ई कवन हिसाब भईल ?
१०००० रेप करे खातिर, सैकड़ै चार का दर से वैट ४०० रुपिया, आ सैकड़ा १०.२ का दर से सर्विस टैक्स १०२० रुपिया !



जइसन बीतल वइसन भोगनी

जइसन बीतल वइसन भोगनी.
अब आगा से निमन बीतो.
जवन बीत गइल तवन बात गइल.
चलऽ फेर से नया शुरुआति कइल जाव !
जवन बीत गइल ऊ इतिहास हऽ,
जवन आवे वाला बा ऊ भविष्य.
हमरा तहरा हाथ में बस आजु के वर्तमान बा.
आवऽ हँसल जाव, खेलल जाव !

एगो आदमी राम मन्दिर में

एगो आदमी राम मन्दिर में जाके भगवान से अपना भुलाईल मेहरारू के खोज देबे के निहोरा कइलसि.
रामजी बोललन – बगल का हनुमान मन्दिर में जाके निहोरा करऽ. हमरो मेहरारू ऊहे खोजले रहन.

दिल्ली के सरदी , जैसलमेर के गरमी,
मुम्बइ के बरखा, पटना के करप्शन,
काश्मीर के आतंकवाद, अफ्रीका के साँप,
आ यूपी के ” आप ” बाप रे बाप !
बिहार के डाक्टर, यूपी के पुलिस,
आ बंगाल के लड़की, लाजवाब होलें.

हमरा आजुवो इयाद बा तहार

हमरा आजुवो इयाद बा तहार पहिलका एसएमएस,
हम लिखले रहुवीं कि भेजे वाला चाल्हाक, पढ़ेवाला बुड़बक.
तू खिसिया के लिखले रहलऽ,
ना ! भेजेवाला बुड़बक, पढ़ेवाला चाल्हाक !



कबहूँ त भोर होई

कबहूँ त भोर होई, कबहूँ छँटी कुहासा
‘भावुक’ ई मान लऽ तू आगे अन्हार नइख.

जनतीं जे अइसने मरजी

जनतीं जे अइसने मरजी बा तहरो तऽ
कहिये हम मर जइतीं, धिक्कार अइसन जियला पर
अक्सरहाँ होखेला दुनिया में अइसन कि
याद करेला लोग केहू के मरला पर.

करबू तू याद कभी

करबू तू याद कभी कहत राठौर रहे,
बूझबू तू प्रीत हमार, हमरा गुजरला पर.
तबहूँ बहईह मत अँखियन से लोर कभी,
पानी ना छिड़काला आगी में जरला पर.

NO COMMENTS

LEAVE A REPLY