Rani Chatterjee HD Wallpapers

Rani Chatterjee HD Wallpapers

1737
0
SHARE

Rani Chatterjee HD Wallpapers

रानी चटर्जी एक ठो भारतीय ऐक्ट्रेस बाड़ी जे मुख्य रूप से भोजपुरी सिनेमा में काम करे खातिर जानल जाली। उनके भोजपुरी फिलिम ससुरा बड़ा पइसा वाला से परसिद्धि मिलल, जेह में ऊ मनोज तिवारी के साथ काम कइली। एकरे अलावा उनके कुछ परसिद्ध फिलिम सभ में सीता, देवरा बड़ा सतावेला आ रानी नं॰ 786 बाड़ी सऽ

कैरियर

रानी चर्टजी के जनम मुंबई में भइल आ एहीजे पलल-बढ़ल हई। चटर्जी आपन भोजपुरी फिलिम कैरियर के सुरुआत ससुरा बड़ा पइसा वाला से कइली। फिलिम हिट रहल आ एकरा के कई गो अवार्ड भी मिललें।

अपना फिलिमी कैरियर के सुरुआत के तेरह साल बाद भी, चटर्जी भोजपुरी फिलिम इंडस्ट्री में अभिन ले नमर एक पर बाड़ी आ खुद अपना दम प फिलिम हिट करावे के क्षमता राखत बाड़ी जे अभी अउरी कौनों भोजपुरी हिरोइन में नइखे। चटर्जी के कहनाम बा कि नमर एक के पोजीशन खाती उनका के खुद से खतरा बुझाला कि जहिया मेहनत कइल बंद क देब तहिया हमरा खतरा हो जाई।

Rani Chatterjee Some Films

  • ससुरा बड़ा पइसा वाला
  • बंधन टूटे ना
  • दमाद जी
  • सीता
  • तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो
  • देवरा बड़ा सतावेला
  • दिलजले
  • छैला बाबू
  • गंगा यमुना सरस्वती
  • नागिन

  • Rani Chatterjee images

    NO COMMENTS

    LEAVE A REPLY